Jira Jawayin Ayichath Bani

Jira Jawayin Ayichath Bani

Shilpi Raj

Длительность: 3:28
Год: 2023
Скачать MP3

Текст песни

ना लागी हो ना लागी ओहो

जीरा जवाईन अईछत बानी
राजा के
आ जीरा जवाईन अईछत बानी
लागी ना सईया केहू के नजरिया
लागी ना सईया केहू के नजरिया
Hero बाड़ राजा एह से अईठत बानी
Hero बाड़ राजा एह से अईठत बानी
सटिहें स ढेरे लईकी पजरिया
लागी ना सईया केहू के नजरिया
लागी ना सईया केहू के नजरिया

नजरिया नजरिया नजरिया
अन्न धन गहना राजा बाटिये देहब जी
सेनूरा प जे ताकि ओहके काटिये देहब जी
छोड़ब ना
नजरिया
अन्न धन गहना राजा बाटिये देहब जी
सेनूरा प जे ताकि ओहके काटिये देहब जी
चोरी क ली केहू एह से सईतत बानी
फिकिरे में उठत बईठत बानी
काहे अतना बाड़ सुघर सांवरिया
लागी ना सईया केहू के नजरिया
लागी ना सईया केहू के नजरिया

दिल के तू भोला बाड़ तहरा के जानीला
तबे त नितेश बालम तोहके अतना मानिला
जियत रह
नजरिया
दिल के तू भोला बाड़ तहरा के जानीला
तबे त नितेश बालम तोहे अतना मानिला
सोचिला बेकारे हम भईचट बानी
ई मत सोचिह की कईचट बानी
जाई ला हो तोहे देख के बजरिया
लागी ना सईया केहू के नजरिया
लागी ना सईया केहू के नजरिया