Chand Jaisan Chehra

Chand Jaisan Chehra

Udit Narayan | Indu Sonali

Альбом: Nirhua Rikshawala
Длительность: 5:13
Год: 2007
Скачать MP3

Текст песни

तोहे का बतलाई हो
कैसे समझाई हों

हो तोहे का बतलाई हो
कैसे समझाई हों
अब हो के जुदा तोहसे
जिअल न जाइ हो
की चाँद जइसन
की चाँद जइसन
चेहरा तोहार दिल हमार ले गइल
की चाँद जइसन
चेहरा तोहार दिल हमार ले गइल

नेहिया के किरिया खा के
कहेनी गुजरिया
साँस बन के बसेलु तू
हमारा भितरिया

हो प्यार करेनी केतना
कइसे बताई
कहा त करेजा आपन
चीर के दिखाई

हम देहियाँ तू परछाईं
ई रिश्ता छूट ना पाई
बा जनम जनम के बन्धन केहू
तूर ना पाई हो
की चाँद जइसन
की चाँद जइसन
चेहरा तोहार दिल हमार ले गइल
की चाँद जइसन
चेहरा तोहार दिल हमार ले गइल

कहेलु की भूल जाईं
कइसे भुलाई
एकरा से निमन खा के
ज़हर मर जाईं

राम करे दिनवा अइसन
कबहुँ ना आये
हमरो उमिरिया सईंया
तोहे लग जाये

भले जग बैरी हो जाइ
न तोहके होइ जुदाई
अब तोहरे हाथे माँगियाँ में
सिंदूर भराई हो
ये हमरे साजन
ये हमरे बालम
नेहिया तोहार दिल हमार ले गइल

की चाँद जइसन
चेहरा तोहार दिल हमार ले गइल

ये हमरे बालम
नेहिया तोहार दिल हमार ले गइल